Bambai Main Ka Ba Hindi Lyrics – Bambai Main Ka Ba song sung by Manoj Bajpayee. The Song Lyrics were penned by Dr. Sagar and the music composed by Anurag Saikia.
Song Credit –
- Song- Bambai Main Ka Ba
- Singer and Performer – Manoj Bajpayee
- Lyrics – Dr. Sagar
- Video Director – Anubhav Sinha
- English Lyrics – Sankarshan Thakur
- Music – Anurag Saikia
- News Footage Courtesy – Barkha Dutt (Mojo)
- Music Label – T Series
Bambai Main Ka Ba Hindi Lyrics
बम्बई में का बा?
इहवाँ का बा?
ना त बम्बई में का बा?
इहवाँ का बा?
दू बिगहा में घर बा लेकिन
सुतल बानी टेम्पू में
जिनगी ई अझुराईल बाटे
नून तेल और शैम्पू में
मनवा हरियर लागे भइया
हाथ लगौते माटी में
जियरा अजुओ अटकल बाटे
घर में चोखा बाटी में
का बा…. ? …. इहवाँ…?
जिनगी हम ता जिये चाहीं
खेत बगइचा बारी में
छोड़ छाड़ सब आयल बानी
हम इहवाँ लाचारी में
कहाँ? ना त बम्बई में का बा ?
इहवाँ…? का बा…. ?
ना त बम्बई में का बा ?
बन के हम Security वाला
डबल द्युटिया खटल तानी
ढिबरी के बाती के जइसे
रोज़ रोज़ हम घटत तानी
केकरा एतना सौख बाटे
मच्छर से कटवावे के
के चाहेला ऐ तरह
अपने के नरवासाहे के
का बा…. ? इहवाँ…? का बा.. ?
गाँव शहर के बिचवा में हम
गजबय कन्फुजीआईल बानी
दू जून के रोटी ख़ातिर
Bombay में हम आईल बानी
ना त बम्बई में का बा ?
इहवाँ…? का बा…. ?
ना त बम्बई में का बा ?
हेलो.. हेलो… ऐ सुनाता ?
ऐ कहाँ बाड़ू ?
ना… होली में… होली में… आवा तानी
ठीक बा…
घी दूध और माठा मिसरी
मिलेला हमारा गाँव में
लेकिन इहाँ काम चलत बा
खाली भजिया पावय में
खाबा का ?
काम काज ना गांव में बाटय
मिळत नाही नौकरिया हो
देखा कइसे हाकत बाड़ें
जइसे भेड़ बकरिया हो
ना त बम्बई में का बा ?
इहवाँ…? का बा…. ?
ना त बम्बई में का बा ?
धत्त साला…. हटा
काम धाम रोजगार मिलय ता
गउएँ सड़क बनैति जाय
जिला जवाडी छोड़ के इहवाँ
ठोकर काहे खईति जाये
ना त बम्बई में का बा ?
इहवाँ…? का बा…. ?
ना त बम्बई में का बा ?
केसे केहू दुखवा बाटय
हम केतना मजबूर हईं
लड़ीका पड़ीका मेहरारू से
एक बरस से दूर हईं
के छोड़ेला बा ऐ तरह
अब हमहन के लाचारी में
अपना छोटकी बुचिया के हम
भर ना सकी अकवारी में
ऐ बॉबी.. आउ ना … गोदिया में आउ ना
अरे इहाँ सुत ना
गोदिया में सुत जो
बूढ़ पुरनिया माई बाबू
ताल तलइया छूट गईल
केकरा से देखवाई मनवा
भीतरे भीतर टूट गईल
ना त बम्बई में का बा ?
इहवाँ…? का बा…. ?
ना त बम्बई में का बा ?
हसुआ और ई खाँची फरुआ
बड़की चोंख कुदार उहाँ
लमहर चाकर घर दू तलिया
हमरो है सरकार वहां
हमरे हाथ बनावे Building
आसमान के छुअत ब्या
हम ता झोपड़पट्टी वाला
हमरय खोली चुअत ब्या
का बा…. ? इहवाँ…?
आ के देखा शहरिया बबुआ
का भेड़िया धसान लगे
मुर्गी के दरबा में जइसन
फसल सबय के जान लगय
ना त बम्बई में का बा ?
इहवाँ…? का बा…. ?
ना त बम्बई में का बा ?
एतना मुअला जियला पर भी
फूटल कौड़ी मिळत ना
लौना लकड़ी खर्ची बरछी
घर के कमवा जुरत ना
महानगर के तौर तरीका
समझ में हमरा आवे ना
घड़ी घड़ी पे डाटय लोगवा
ढंग से केहू बतावे ना
ना त बम्बई में का बा ?
इहवाँ…? का बा…. ?
ना त बम्बई में का बा ?
जबरा के हथवा में भइया
नियम और कानून उहाँ
छोट छोट बतियन पे उ
कई देलस ख़ून उहाँ
ऐ समाज देखा केतना ऊंच नीच का भेद हवे
उनका ख़ातिर संविधान में ना कोई अनुच्छेद हवे
इहवाँ…? का बा…. ?
ना त बम्बई में का बा ?
बेटा बेटी लेके गावं में जिंदगी जिए मोहाल हवे
ना नीमन स्कूल कहीं बा ना नीमन अस्पताल हवे
ना त बम्बई में का बा ?
इहवाँ…? का बा…. ?
ना त बम्बई में का बा ?
जुलम होत बा हमरी सगवां केतना अब बरदास करी
देस के बड़का हाकिम लोग पर अब कइसे विसवास करीं
हम ता भुइयां लेकिन तोहरा बहुत ऊंच सिंघासन बा
सब जानय ला केकरा चलते ना घरवा में रासन बा
इहवाँ का बा…. ?
हे साहेब लोग… हे हाकिम लोग
हमरो कुछ सुनवाई बा ?
गांव में रोगिया मरत बाड़ें
मिळत नहीं दवाई बा
बम्बई में का बा ?
इहवाँ…? का बा…. ?
ना त बम्बई में का बा ?
इहवाँ…? का बा…. ?
चला बाबू बड़ा लम्बा रास्ता बा
जब ले जान रही गोड़ चलत रही बाबू
चला… कान्हा पे ले एकरा के
चल ना.. बानी नु हम
अरे कुछ ना 1500 KM कहा ता लोग
अरे चल जाई आदमी
आँ… चल जाई आदमी
चल जाई … चल जाई
अरे बस भोले नाथ के नाम ला
चल बम ….
बोल बम… बोल बम…
More Lyrics from Bhojpuri Song
- भक्त है महाकाल के Bhakt Hai Mahakal Ke Lyrics In Hindi…
- महादेव का दीवाना MAHADEV KA DEEWANA Lyrics In Hindi – Pawan…